छिम्मी नियर मोर आस केहू गुदुरा लेत बा
होइ जाला मनवां उदास केहू गुदुरा लेत बा
केहू गुदुरा लेत बा ……….
चाटि जात बा खुनवां पसेनवां
काटि लेत बा सिरजल सोनवां
लागि जात बाटे सपनवां गरहन
बनि जाला केहू क गरास
केहू गुदुरा लेत बा ……….
सिहुरे न पावत बा झोंपरिया
कटले ह घाम बतास अंटरिया
दिन दूना हवे रात चौगूना
दिनों दिन चढ़ल अकास
केहू गुदुरा लेत बा ……….
केहू करते दिन रात मरेला
सीत घाम आ बरखा सहेला
रहि जात हवे साध लुलुआते
जाले न भुखिया पियास
केहू गुदुरा लेत बा ……….
रोज क बाटे इहे कहानी
कुआँ खोदि पीयल जात पानी
दिनभर धावे दिया भर पावे
मरि मरि ह जाला हुमास
केहू गुदुरा लेत बा ……….
—–