– देसवा के सरग –
देषवा के सरग बनाव ऽ हो हम सबसे कहीला।
एक ही समान भयल सबकै जनमवां
एक बाटे धरती और एक बा गगनवां
सबहीं बा एक समझाव ऽ हो हम सबसे कहीला।
चोरी घूसखोरी भ्रश्टाचार के भगायदा,
जाति-पाति भेद-भाव भावनां मेटायदा,
षिक्षा एक देष में चलावऽ हो हम सबसे कहिला।
जनसंख्या रोक के प्रदूशण घटायदा,
पापी बा दहेज एके जड़ से मेंटायदा,
बिटिया के जहर न ऽ पिआवाऽ हो हम सबसे कहिला।
आज क जवान हाथ मल पछतात बा,
आगे पहाड़ पीछे खइये जनात बा,
जिअते ना केहू के मुआव ऽ हो हम सबसे कहिला।
—