– गीत –
माटी में मिलतावे, बापू के सपनवा,
जाता रसातल में आपन वतनवा ………. (टेक)
गाँधी बाबा सोचले रामराज हम ले आइबी,
सोने चिरइया आपन हीरा के बनाइबी,
सत्य अहिंसा के गावसु गानवा ………. (टेक)
आधा पेट खाके, अधवे पेन्ही-2 धोती
लिहले आजादी बरिआई अपना होती,
लोहा मानि गइले अंगरेज दुशुमनवा ………. (टेक)
मारि खइले गारी सुनले गइले जेहलखाना,
जबरन आजादी के बिनले ताना बाना,
जेकरा के पूजा करे संउसे जहानवा ………. (टेक)
राम अउरी कृष्ण अवतार जहा लिहले,
बुद्ध, गुरूनानक उपदेश जहाँ दिहले,
देवता लो धइले जहवां नरतनवा ………. (टेक)
जनवो से प्यारी धरती माई हमारी,
कलपेली रोजो-2 झंखेले ‘अनारी’
गइले अखड़ेरे जहाँ केतने के जानवा ………. (टेक)
–––