पियवा बसेला देहरादून दरद दूने दून होले ननदी
रहिया जाहिला दूनो जून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
देहिं झंउसाइ देले चान क चननियां
बड़ा नींक लागे मोहे कारी रे रइनियां
बोलिया कोइलिया करे खून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
गरमीं बेसरमीं करेजवा कंपावे
सरदी बेदरदी अगिनि लहकावे
बरखा क पानी लागे नूंन दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
अमवा मोजरि गइलें महुआ कुंवाइल
ना जानी काहें मदन बउराइल
टुप-टुप चूवे रसबून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
बनिके पहार हार गरवा दबावे
कनवा पकरि झुमका झपिलावे
कंगना गारी देला चून-चून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
आंखि पथराइ गइल देखली न पाती
वइसे जरीला जइसे तेल बिनु बाती
लागल जवनिया में घून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
नेहियां सनेहिया क कइसे भुलाई
बांस के कइन लेखा देलं अलगाई
बालेदीन बिनुं जग सून दरद दूने दून होले ननदी
पियवा बसेला देहरादून …..
—